भोजपुरी गायिका मिर्च मसाला के इनामी सूची में
-


भोजपुरी के लोकप्रिय गायिका कल्पना दोसरो भाषा में ओतने बढ़िया गावेली. आसाम के ई बाला भोजपुरी गायकी के अइसन अपनवलसि कि ऊ भोजपुरी गायिका का रुप में जानल चिन्हाये लागल. खुशी के बात बा कि हिन्दी फिल्म “खट्टा मीठा” खातिर कल्पना के गावल गीत “अइला रे अइला” के रेडियो मिर्ची 98.3 FM अपना पुरस्कार खातिर “बेस्ट आयटम सांग आफ द इयर” खातिर नामांकित कइले बा. पुरस्कार वितरण २७ जनवरी के मुंबई के बांद्रा कुर्ला काम्प्लेक्स में होखे वाला बा. कल्पना के भोजपुरिया शुभ चिन्तक उनका सफलता के शुभकामना करत बाड़े.
(स्रोत – म्यूजिक बाक्स न्यूज)

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..