मनोज टाइगर निर्देशक बनलन


भोजपुरी सिनेमा के जानल मानल हास्य अभिनेता मनोज टाइगर अब भोजपुरी फिल्म “राजा डोली ले के आ जा” के निर्देशन कर के निर्देशक का रुप में आपन नया कैरियर शुरु करे जा रहल बाड़न. एह फिल्म के निर्माण बी॰ओबुल सुब्बा रेड्डी “आदि शक्ति इन्टरटेनमेंट” आ “राहुल मूवी मेकर्स” का बैनर में करे जा रहल बाड़न. फिल्म के प्रस्तुति मास्टर प्रीतम रेड्डी करत बाड़े. हालांकि असलियत ईहे बा कि फिल्म “राजा डोली ले के आ जा” के निर्देशक मनोज टाइगर पहिला बेर निर्देशन नइखन करत. एकरा पहिलहू ऊ कई गो ड्रामा लिख आ निर्देशित कर चुकल बाड़न. फिल्म “राजा डोली ले के आ जा” मनोज टाइगर के पुरान आ सफल ड्रामा “अमर प्रेम” के फिल्म रुपान्तर ह. फिल्म के मुहुर्त शॉट दिनेशलाल यादव निरहुआ का बंगला पर पिछला दिने लिहल गइल जहाँ फिल्म जगत के बड़हन बड़हन हस्ती मौजूद रहले. बतावे लायक बाति इहो बा कि निरहुआ आ मनोज टाइगर एकही फिल्म से आपन फिल्मी कैरियर शुरु कइले रहे लोग आ ओह फिल्म के नाम रहुवे “चलत मुसाफिर मोह लियो रे”. अब मनोज टाइगर के निर्देशन में बने जा रहल फिल्म “राजा डोली ले के आ जा” में दिनेश लाल निरहुआ पाखी हेगडे के मुख्य जोड़ी बा. साथ में अवधेश मिश्रा आ संजय पाण्डेयो खास किरदारन में बावे लोग.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।