मराठी सिनेमा में भोजपुरिया धमक

कला आ कलाकार कवनो भाषावाद भा प्रांतवाद से अलगा होले. एह साँच के पुख्ता कइले बाड़न भोजपुरी फिल्मन के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन, जे जल्दिये निर्माता शंकर निकालजे के मराठी फिल्म “अशी ही हेराफेरी” में नजर आवे जा रहल बाड़े.

फिल्म में रवि किशन का साथे रहीहें कविता कौशिक. रवि किशन अबे हाल ही में एगो साक्षात्कार में इच्छा जतवले रहलें कि मौका मिलल तो ऊ मराठीओ फिल्म करल चहीहें. शंकर निकालजे अपना एह फिल्म से रवि किशन के मनसा पूरा दिहलें.

“प्राप्ति फिल्म्स” का बैनर में बने वाली एह फिल्म में मराठी के जानल मानल कलाकार संजय नार्वेकर आ विजय चव्हाण मुख्य भूमिका में बाड़े. फिल्म के शूटिंग जल्दिये खंडाला आ लोनावाला में कइल जाई. फिल्म के निर्देशक राजेंद्र बढे हउवें. शंकर निकाल्जे फिल्म के कहानी बतावत कहले कि रवि किशन हीरो बने, कविता कौशिक हिरोइन बने, आ संजय नार्वेकर निर्देशक बने के सपना लेके मुंबई आवत बा लोग. एह तीनो के मण्डली में हास्य के रंग कइसे घोरात बा एही विषय के ताना बाना बुनल गइल बा एह फिल्म में. निकाल्जे बतवलें कि कुछ नया प्रयोग करे का मकसदे से फिल्म में मुख्य भूमिका खातिर रवि किशन के लिहल गइल बा. रवि किशन निकहा मराठी बोल लेलें एहसे कवनो समस्या नइखे पैदा होखे के.

बतावे लायक बा कि भोजपुरी फिल्मन में वर्षा उर्षगाँवकर, मोहन जोशी, अशोक सर्राफ, सदाशिव अमरापूरकर वगैरल मँझल कलाकार काम कर चुकल बाड़े बाकिर ई पहिला मौका होखी जब भोजपुरी के कवनो सितारा मराठी फिल्म में मुख्य भूमिका करी.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।