मुंबईओ में रंगबाज आपन कमाल देखवलसि

हालही में जब भोजपुरी फिलिम “रंगबाज” मुंबई में रिलीज भइल त देखे खातिर दर्शकन के बड़हन भीड़ उमड़ि पड़ल. नवरंग थियेटर में दर्शकन से रुबरु होत फिल्म के नायक हैदर काजमी दर्शकन के ताली खूब बटोरलन. साथ में निर्देशक शिवराम यादव आ नायिका रानी चटर्जीओ मौजूद रहली. रानी चटर्जी पूछली कि फिलिम कइसन लागल त दर्शकन के कहना रहे कि हैदर काजमीए यूपी आ बिहार के असल रंगबाज बाड़े. एह मौका पर रानी चटर्जी फिल्म के गाना गा के सुनवली आ ठुमको लगवली. शिवरामो यादव दर्शकन से भोजपुरी में बतियवले.

कुछ अइसने हाल रहल भिवंडी के पायल सिनेमा के जहाँ अपना चहेता कलाकारन के देखे खातिर हॉल खचाखच भर गइल रहुवे. “रंगबाज” फिल्म एगो बाति त साबित कर देखवलसि कि अगर भोजपुरी फिलिमन के प्रचार ढंग से कइल जाव त नया कलाकारनो वाला फिलिम सफल हो सकेला. फिल्म में इंसपेक्ट कृष्णा यादव के एक एक डायलाग पर ताली बाजत बा, सीमा सिंह के आयटम लोग के पसन्द आवत बा आ अनिल यादव आ बृजेश त्रिपाठी के खलनायकी दिल पर चोट करत बा.

फिल्म के सफलता पर सगरी इंडस्ट्री हैदर काजमी के बधाई दिहले बिया आ कहल जात बा कि भोजपुरी सिनेमा के एगो अउरी सुपर स्टार मिल गइल बा हैदर काजमी में.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।