मुंबई आ चेन्नई के जीत, बैंगलुरू कोलकाता के हार

आईपीएल के बीसबीसा मैच में सोमार का दिने बैंगलुरू में खेलल मैच में मुंबई इंडियंस बैंगलुरू रॉयल चैलेंजर्स के एगो शानदार मैच में पाँच विकेट से हरा दिहलसि. रायल चैलेंजर्स छ विकेट का नुकसान पर 171 रन बनवले रहलें जवना के जवाब में मुंबई इंडियंस दू गेंद बाकी रहते पाँच विकेट का नुकसान पर 173 रन बना के मैच जीत लिहलसि.

दोसरका मैच में चेन्नई सुपर किंग्स कोलकाता नाइट राइडर्स के हरा दिहलसि. मैच कोलकाता मे होखत रहे. एह मैच में जीते खातिर चेन्नई के आखिरी गेंद पर पाँच रन बनावे के जरूरत रहल जवन भाटिया के फुलटॉस गेंद पर ब्रेवो के छक्का से पूरा हो गइल.

मंगल का दिने दिल्ली के फिरोजशाह कोटला मैदान में दिल्ली डेयरडेविल्स आ किंग्स इलेवन के बीसबीसा मैच करावल जाई.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..