मुंबई में खेसारीलाल के धूम

Khesarilal-Monalisa
मुंबई में सुपरस्टार खेसारीलाल के धूम मचल बा. पिछला हफ्ता रिलीज भइल इनकर फिलिम ‘तेरे नाम’ मुंबई में रिकार्ड व्यवसाय करत बिया. बतावल जात बा कि पहिलके दिने 12 लाख के नेट व्यवसाय मिलल एकरा. हर सिनेमाघर पर दर्शकन के बड़हन भीड़ उमड़त बावे. तबे त ई फिलिम एके हफ्ता में 40 लाख बिटोरलसि.

एह फिलिम के दमदार भूमिका में आइल खेसारीलाल के नायिका बाड़ी मोनालिसा.

इहो जानत चलीं कि एह घरी खेसारी मुंबई में अपना 25वीं फिलिम ‘लाडला’ के शूटिंग करत बाड़ें.


(प्रशांत-निशांत)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।