मोनालिसा के डबल धमाल

Monalisa-sexyभोजपुरी सिनेमा के गरम लिट्टी कहाएवाली मोनालिसा भोजपुरी परदा पर डबल धमाल मचवले बाड़ी. एह ईद पर रिलीज भइल मोनालिसा के दुनू फिलिम ‘खून भरी माँग’ आ ‘दीवानगी हद से’ के बॉक्स ऑफिस पर जबरदस्त रिस्पॉन्स मिलल बा.

‘खून भरी माँग’ फिलिम में मोनालिसा अपना पर भइल अनेत के बदला लेत लउकत बाड़ी त ‘दीवानगी हद से’ फिलिम में दहेज प्रथा जइसन सामाजिक अपराध के पर्दाफाश करत. ‘खून भरी माँग’ में मोनालिसा के नायक राज आ ‘दीवानगी हद से’ में राकेश मिश्रा बाड़न.

अपना दुनू फिलिमन के मिलल सफलता से मोनालिसा गदगद बाड़ी.


(प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।