यू. पी. में ‘टाईगर’ के दमदार प्रमोशन भइल

Praveshlal-Tiger-promoभोजपुरी सितारा प्रवेशलाल यादव एह घरी अपना हालिया प्रदर्शित फिलिम ‘टाईगर’ के प्रमोशन खातिर यू. पी. में बाड़ें, एह दौरान प्रवेशलाल शहरे शहर सिनेमा हॉल जाके टाईगर फिलिम के हिट बनवला खातिर दर्शकन के आभार जतावत बाड़ें. जवने शहर में जात बाड़ें ओहिजे बड़हन भीड़ जुट जात बा प्रवेश के देखे ला. एह दमदार प्रोमोशन में प्रवेश अपना दर्शकन से सीधा संवाद बनावत बाड़े आ ओह लोग से आशिर्वाद माँगत बाड़ें.

जान जाईं कि फिलिम ‘टाईगर’ बिहार में सफलता के झंडा गड़ला क बाद अब यू. पी.ओ में रिकार्ड सफलता दर्ज करत बावे. सगरी शहरन में फिलिम दुसरका हफ्ता मे चलत बा. निरहुआ इंटरटेन्मेंट प्रा. लि. के बनावल आ सुब्बाराव गोसांगी के निर्देशित एह फिलिम के नायिका हई शुभी शर्मा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।