योगी मंत्रीमंडल के पहिलका विस्तार

आजु अपना मंत्रिमंडल में पहिलका विस्तार करत मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अपना मंत्रीमंडल में 26 गो हिन्दू मंत्रियन के किरिया धरववलन. एह खबर के कुछ हिन्दू विरोधी मीडिया में जाति का आधार पर गिनल गइल बा एहीसे टटका खबर एकरा के एके साथ हिन्दू मंत्री बतावत बा.

राज्यपाल आनन्दी बेन पटेल एह मंत्रियन के किरिया धरवली. मंत्रियन में शामिल भइलन –
राज्यमंत्री (स्वतंत्र प्रभार) से कैबिनेट मंत्री बनलें –
महेन्द्र सिंह – ग्राम विकास, सुरेश राणा – गन्ना, भूपेन्द्र सिंह चौधरी – पंचायती राज, आ अनिल राजभर – खाद्य प्रसंस्करण. इनका अलावे रामनरेश अग्निहोत्री आ कमला रानी वरुण के सीधे कैबिनेट मंत्री बनावल गइल बा.
डॉ नीलकण्ठ तिवारी अब सूचना राज्यमंत्री (स्वतंत्र प्रभार) हो गइलें. इनका साथही कपिलदेव अग्रवाल, सतीश द्विवेदी, अशोक कटारिया, श्रीराम चौहान, अउऱ रवीन्द्र जायसवाल राज्यमंत्री (स्वतंत्र प्रभार) का रुप में किरिया धइलें.
नया राज्यमंत्री बनावल गइलें – अनिल शर्मा, महेश गुप्ता, आनन्द स्वरुप शुक्ला, विजय कश्यप, गिरिराज सिंह धर्मेश, लाखन सिंह राजपूत, नीलिमा कटियार, चौधरी उदयभान सिंह, चन्द्रिका प्रसाद उपाध्याय, रमाशंकर सिंह पटेल, आ आजित पाल सिंह.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।