रणवीर के फर्स्ट लुक जारी भइल

तेलगु फिल्म उद्योग के नामी फिल्म निर्माण कंपनी ए.के.इंटरटेनमेंट प्राइवेट लिमिटेड आ 14 रील्स इंटरटेनमेंट प्राइवेट लिमिटेड के सहयोगी कंपनी अल्टुरा फिल्म्स के पहिला फिल्म “रणवीर” के फर्स्ट लुक पिछला शनिचर का दिने मुंबई में जारी भइल. एह मौका पर रवि किशन, कृशा खंडेलवाल, ब्रृजेश त्रिपाठी, आ कृष्णा का संगे जबरदस्त एक्शन, इमोशन आ मधुर संगीत वाली एह फिल्म का बारे में बतियावर रवि किशन कहलन कि दक्खिन भारत के सगरी बढ़िया तकनीक एह फिल्म में शामिल कइल गइल बा. निर्देशक फ़िरोज़ शेख आ अल्टुरा फिल्म्स निर्माण में कवनो कोर कसर नइखन छोड़ले. निर्मात्री मनीषा कृष्णा कहली कि भोजपुरी सिनेमा में मानेला लोग कि दक्खिन में सिर्फ रीमेके बनेला बाकिर उनुकर कंपनी हमेशा नया कहानी पर फिलिम बनावत आइल बिया आ इहो फिल्म एगो बढ़िया कहानी पर बनल बा. कहली कि ई एगो बड़हन बजट वाली फिलिम हउवे जवना खातिर पनवेल मे बड़हन सेट्स लगावल गइल रहे. पारिवारिक तानाबाना पर बनल एह फिल्म के एकरा जोरदार एक्शन खातिर जानल जाई जवना खातिर बालीवुड के मशहूर एक्शन मास्टर कौशल मोजिस के सहयोग लिहल गइल बा.

निर्माता अनिल सुन्करना आ मनीषा कृष्णा के एह फिल्म के निर्देशक हउवें फ़िरोज़ खान. फिल्म में रवि किशन, काजल राघानी, कृषा खंडेलवाल, इशा खान, ब्रृजेश त्रिपाठी, जी.रवि कुमार, गौरी शंकर, हितेन पाण्डे, हैरी जोश, अभिलाषा, सुनीता शर्मा, फ़रीन शेख, अमोल चोगले, शीतल, मेरी वगैरह के खास भूमिका बा. आदि महत्वपूर्ण भूमिका में हैं.

फिल्म १८ मई के रिलीज होखी.


(उदय भगत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।