रम गइलन रमण नैय्यर

भोजपुरी इंडस्ट्री के उद्धारक होखे के दंभ ते ढेरे लोग पलले बा, लेकिन असल में देखल जाव त पूरा इंडस्ट्री ओह लोग का सहारे बढ़त बिया जे गुमनाम रहत एकरा के पटवत बा. एही में से एक जने हउवें निर्माता रमण नैय्यर, जे ख़ामोशी से एह इंडस्ट्री के आगे बढ़ावे में लागल बाड़े.

पंजाबी परिवार से ताल्लुक राखे वाला रमण नय्यर के भोजपुरी भाषा के कशिश एह इंडस्ट्री में खींच ले आइल आ आवते ऊ एक के बाद एक कई फिलिमन के निर्माण के ऐलान कर के सभके हैरत में डाल दिहले. उनुकर दू गो फिलिम ‘धमाल कईला राजा’ आ ‘काली’ निर्माण के आखिरी दौर में बा. ऊ दू गो अउरी फिलिम बनावे के ऐलान कर दिहले बाड़े. जलाराम प्रोडक्शन के बैनर तले बने वाली ‘राजपूत पवन सिंह’ आ भक्ति एंटरटेनमेंट के बैनर तले बनत एगो अनाम फिल्म उनुकर अगिला पेशकश ह.

बकौल रमण नैय्यर भोजपुरी फिलिमन के लेके लोग का मन में कारोबारी अनेसा बनल बा ऊ एही डर के भगावे खातिर एगो नया दरवाजा खोलल चाहत बाड़े. रमण नैय्यर साहब के कोशिश त वाकई काबिले-तारीफ़ बा लेकिन एहमे जोखिमो बा. बाकिर नैय्यर के कहना बा कि रिस्क त हर कारोबार में बा. बिना रिस्क उठवले रउरा कुछ अलगा करियो ना सकीं.

बहरहाल भोजपुरी इंडस्ट्री एह बात पर त रश्क करिये सकेले कि ओकरा रमण नैय्यर जइसन दिलेर निर्माता मिलल बा जे राह से भटकत एह इंडस्ट्री के लीक पर ले आवे खातिर जोखिम उठावे के तइयार बा.


(स्रोत – स्पेस क्रिएटिव मीडिया)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।