रवि किशन के जादूगर आँख

सिनेमा भोजपुरी में अपना सहयोगी कलाकारन का बीच टाइगर नाम से मशहूर रवि किशन के आँख परदा पर बोलेले. गजब के अभिनय क्षमता राखे वाला रवि किशन के जबहियो मौका मिलल बा ऊ देखा दिहले बाड़न कि उनुका में कतना दमखम बा. एही शुक के रिलीज भइल सैफ अली खान के होम प्रोडक्शन फिल्म “एजेंट विनोद” में रवि किशन अतिथि भूमिका में नजर अइले. बरीसन पहिले एक साथ काम कर चुकल सैफ अली खान के अपना एह फिल्म में अइसन कलाकार के जरूरत रहुवे अतिथि भूमिका में जे बिना बोलले अपना आँखे से सबकुछ बोल जा. से सैफ अली खान अपना पुरान दोस्ती आ रवि किशन के बोलत आँख का चलते उनुके एह भूमिका खातिर चुनले. जबकि ऊ चहतन त अपना एह होम प्रोडक्शन फिल्म खातिर कवनो बालीवुड कलाकार के तइयार करवा लेतन.

सैफ अली खान अपना एह फिलिम के शुरूआते रवि किशन के आँख से कइलन. रवि किशन आपन काम अतना बखूबी निबहले कि सगरी फिल्म समीक्षक उनुकर सराहना करत बाड़े. रवि किशन एह फिल्म में एजेंट राजन के भूमिका में बाड़े जे शुरु के दस मिनट में अकेले परदा कबजियवले लउकत बा. बकौल रवि किशन – ऊ हमेशा भूमिका देखेलें, रोल के लमंबाई बा, अगर कलाकार के किरदार बढ़िया होखे त एकाधो सीन यादगार बन जाले.

बहरहाल, रवि किशन के बोलत आँखिन के जादू हिंदी फिलिमन में जम के चलत बा.


(उदय भगत के रपट से)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।