रवि किशन के पुतला के दुग्धाभिषेक

आम तौर पर फ़िल्मी सितारन खातिर दिवानगी दक्षिणे भारत में देखल जाला, लेकिन अब बिहारो में एकर शुरुआत हो गइल बा, हालही में कई शहरन में एकर उदाहरण देखे के मिलल जब पटना समेत मुजफ्फरपुर, मोतिहारी आ कटिहार में भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन के फैन्स रवि किशन पर अनायासे आ गिरल संकट दूर करे खातिर आ उनुकर फिल्म “फौलाद” के सफलता खातिर उनुका पुतला के विधिवत पूजा करके दूध से नहवावल लोग. कुछ जगहा लड्डू बँटाइल त कुछ जगहा पेड़ लगावल गइल.

पटना में रवि किशन के फेंस महावीर मंदिर से पूजा कइला का बाद जुलुस बना के वीणा सिनेमा हॉल पहुचले, जहाँ “फौलाद” ओह दिने रिलीज़ भइल रहे. सिनेमाहाल का सहन में रवि किशन के फौलादी तेवर वाला बड़हन कट आउट के माला पहिरावल लोग आ फेर ओकरा के दूध से नहवावल लोल. एह कार्यक्रम के नेतृत्व रवि किशन फेंस क्लब के प्रधान महासचिव नीरज पाण्डेय आ उदय भगत कइले. एह मौका पर फिल्म के निर्माता रजनीश गुप्ता, निर्देशक फ़िरोज़ खान, राजीव रंजन कुमार, कलाकार रोहित सिंह मटरू, निरुपमा श्री, फिल्म वितरक पुनीत सिंह, सुशांत, राजू कुमार, संदीप लाल, वीणा सिनेमा के सुनील सिंह समेत सैकड़ो प्रशंसक मौजूद रहले. एही अवसर वीणा सिनेमाहाल के प्रांगण में बिहार एडवरटीजमेंट वेलफेयर एस्सोसियेशन के हिमान्द्री दास वृक्षारोपणो कइलन.

बाद में पत्रकारन से बतियावत नीरज पाण्डेय कहले कि सुपर स्टार रवि किशन आ उनुकर उनका परिवार एह घरी बहुते मानसिक परेशानी से गुजरत बा काहे कि हालही में उनुका घरे एगो हादसा हो गइल रहे. कहलन कि सभ लोग भगवान से प्रार्थना करत बा कि रविकिशन के सगरी परेशानी दूर हो जाव आ फिल्म “फौलाद” सुपर हिट होखे. मुजफ्फरपुर में एह कार्यक्रम के नेतृत्व रवि किशन फेंस क्लब के राष्ट्रीय अध्यक्ष आलोक श्रीवास्तव, मोतिहारी में फेंस क्लब के जिला अध्यक्ष सुजीत सार्थक, आ कटिहार में जिला अध्यक्ष रितेश जयसवाल कइलें.

बिहार में पहिला बेर कवनो कलाकार के पुतला के अइसन दुग्धाभिषेक भइल बा.


(स्रोत : उदय भगत)

0 Comments