रवि किशन बनले साल के सर्वश्रेष्ठ अभिनेता


भोजपुरी फिल्मन के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन एहू साल के सर्वश्रेष्ठ भोजपुरी अभिनेता चुनाइल बाड़े जबकि अभिनेत्रियन में मोनालिसा अव्वल आइल बाड़ी. भोजपुरी के पहिला मनोरंजन चैनल “महुआ” के सहयोगी चैनल “महुआ न्यूज़” साल २०१० के फिल्मन पर आधारित एगो कार्यक्रम तैयार कइले रहे जवना में एह साल रिलीज़ सगरी फिल्मन के शामिल कइल गइल रहे. ओकरा के देखा के फिल्म के सफलता आ अभिनय के आधार पर दर्शकन से राय माँगल गइल रहे. ओही आधार पर रवि किशन के सर्वश्रेष्ठ अभिनेता मानल गइल. दोसरका नंबर पर पवन सिंह आ तिसरका पर दिनेश लाल यादव निरहुआ रहलें. उल्लेखजोग बा कि रवि किशन लगभग एक सौ चालीस गो भोजपुरी फिल्मन में बतौर मुख्य अभिनेता काम कइले बाड़न. जहाँ तक साल २०१० के बाति बा त रवि किशन खातिर ई साल उनका फ़िल्मी करियर के सर्वश्रेष्ठ बरीसन में से एगो रहल. भोजपुरी के अलावा हिंदी फिल्म, विज्ञापन, छोटका परदा आ दोसर भाषाई फिल्मनो में रवि किशन आपन जलवा बिखेरलन. जहां ले अवार्ड आ सम्मान के बाति बा त रवि किशन सगरी जेन के पाछा छोड़ दिहले बाड़न. बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार का हाथ से बिहार रत्न, बिहारी अस्मिता सम्मान, छतीसगढ़ के मुख्यमंत्री डॉ. रमण सिंह के हाथ से कला सम्राट सम्मान, लगातार पांचवा हालि सर्वश्रेष्ठ भोजपुरी अभिनेता के पुरस्कार, समेत लगभग दू दर्ज़न अवार्ड आ सम्मान पर रवि किशन आपन कब्ज़ा जमवलन. कुल मिलाके कहल जा सकेला कि रवि किशन ला साल २०१० उनका सर्वश्रेष्ठ सालन में से एगो रहल आ उनकर आवे वाली फिल्मन के देखत कहल जा सकेला कि उनकर बादशाहत अगिलो साल कायम रही.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।