राहुल गाँधी अपना बोलतुअन के मोदी से निपटे के तरीका सिखावत बाड़न

कांग्रेस के बोलतुअन के एगो कार्यशाला दिल्ली में होखत बा जवना में देश भर के कांग्रेसी बोलतुआ चहुँपल बाड़े. एह कार्यशाला में ओह लोग के सिखावल जाई कि कइसे भाजपा के बोलतुअन के काट करे लोग. जान जाईं कि सोशल मीडिया पर नरेन्द्र मोदी के समर्थक कांग्रेसियन पर भारी पड़त बाड़ें आ कांग्रेस ओह लोग के काट खोजे खातिर बेचैन हो गइल बिया. एह कार्यशाला में राहुल गाँधी कहलन कि विरोधियन के मुकाबला बढ़िया से करे के बा बाकिर बोली में मिठास राखल जरूरी बा. कहलन कि तकनीकि जानकारी होखल बहुते जरूरी बा जवना से मोदी के काट कइल जा सके. भाजपा के बोलतुआ टीवी पर होखे वाला बहस में के तरह भारी पड़ेले इहो जानल सीखल जरूरी बा. कार्यशाला मंगल का दिन ले चली.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।