रिंकू के चाहीं जेनिफर लोपेज जइसन बोल्ड किरदार

आदमी कब का चाह ली केहू ना जाने. अइसने एगो तमन्ना रिंकू घोष पाल लिहले बाड़ी. “एक वरदान” में ऊ बाड़ी त मेहमान कलाकार का तरह बाकिर उनकर किरदार “मुकद्दर के सिकन्दर” वाली रेखा जइसन बा. रिंकू के चुनौती वाली भूमिका हमेशा से पसन्द रहल बा आ निर्माता निर्देशको लोग जब कवनो चुनौतीवाली किरदार देखेलें त पहिले रिंकू के खोजेलें. “एक वरदान” का शूटिंग का सेट पर एगो पत्रकार रिंकू से पूछ दिहलें, रिंकू जी पने त हर तरह के किरदार कर चुकल बानी आ अब मुकद्दर वाली रेखो के रोल करे जा रहल बानी. अन कइसन रोल कइल चाहत बानी ? रिंकू तपाक से जवाब दिहली कि ऊ चहीहें कि उनका जेनिफर लोपेज जइसन बोल्ड किरदार करे के मिल जाव. “सदमा” में श्रीदेवी जइसन किरदारो कइल उनका पसन्द बा. कहे के त कह दिहली बाकिर अब सोचत बाड़ी कि का जाने साचहूं कहियो कवनो निर्माता जेनिफर लोपेज जइसन बोल्ड किरदार ले के आ जाई तब ? वइसे जल्दिये रिलीज होखे जा रहल फिल्म “आखिरी रास्ता” में रिंकू घोष के भूमिका मजगर बोल्ड बा. ओकरो के देखे लायक रही.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments