रिंकू घोष के नगीना

RinkuGhosh-nageena
भोजपुरी के नंबर वन नायिका रिंकू घोष के जोड़ी सभही स्टारन संगे जम जाला. अब रिंकू घोष राजकुमार पांडे के फिलिम नगीना में नायक चिंटू पांडे संगे आपन रंग जमावत लउकीहे. एह फिलिम रिंकू घोष के कमाले कमाल देखे के मिली. हिट प हिट फिलिम देबे वाली रिंकू घोष असलम शेख निर्देशित ‘औरत खिलौना नहीं’ में जमके एक्शनो करत नजर अइहें. राजकुमार पांडे के फिलिम ‘खून भरी मांग’ के शूटिंग हालही में पूरा करवले बाड़ी रिंकू. बिहार का बाद मुंबई में देखावल जात ‘इ कईसन प्रथा’ फिलिमो में रिंकू के किरदार लोग के नीक लागल बा.

राज कुमार पांडे के फिलिम ‘सात सहेलियां’, ‘जीना तेरी गली में’, आ ‘दुश्मनी’ में बतौर नायिका रंग जमावेवाली रिंकू के जलवा अब राजकुमारे पांडे के फिलिम ‘नगीना’ में देखे के मिले वाला बा. पिछला दिने एह फिलिम के शानदार मुर्हूत करावल गइल.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।