लालू के गोहार नकार दिहलसि झारखंड हाई कोर्ट

चारा घोटाला के मुख्य आरोपी आ तब बिहार के मुख्यमंत्री रहल लालू प्रसाद झारखंड हाई कोर्ट से गोहार कइले रहलन कि 37 करोड़ रुपिया के घोटाला के एगो मामिला के सुनवाई दोसरा अदालत में होखे आ एगो अउर गवाह के गवाही दर्ज कइल जाव. हाईकोर्ट लालू के गोहार ना सुनलसि आ निचली अदालत के कहले बा कि पूरा बहस दस दिन में पूरा कर लिहल जाव. पिछला 28 जून के लालू प्रसाद यादव क ओर से सुप्रीम कोर्ट के वरिष्ठ वकील राम जेठमलानी एह ला बहस कइले रहलन आ ओकरा बाद अदालत आपन फैसला सुरक्षित रख लिहले रहुवे ओह दिन. उहे फैसला आजु सुनावल गइल.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।