लोकसभा उपचुनाव में कर्नाटक के दुनु सीट जीत लिहलसि कांग्रेस

कर्नाटक में भइल दू गो लोकसभा सीट खातिर भइल उपचुनाव में कांग्रेस जनता दल सेकुलर के हरा दिहलसि. भाजपा आ येदियुरप्पा के पार्टी एह चुनाव में आपन उमेदवार ना दिहले रहुवे आ घुमा फिरा के जनता दल सेकुलर के समर्थन दिहले रहुवे. एह चुनाव में कुमारस्वामी के पत्नी आ प्रधानमंत्री रहल देवगोडा के पतोहु चुनाव हार गइली. एह हार का बाद कुमारस्वामी विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष पद से इस्तीफा दे दिहलन. दोसरा तरफ मुख्यमंत्री सिद्धारमैया खुशी जतवले कि जनता भाजपा आ येदियरप्पा के पार्टी से गठजोड़ करे वाली जदएस के हरा दिहलसि.

बेंगलूर ग्रामीण सीट पर कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष डीके शिवकुमार के भाई डीके सुरेश मुख्यमंत्री रहल कुमारस्वामी के पत्नी अनीता कुमारस्वामी के एक लाख सैंतीस हजार वोट से हरा दिहले जबकि पिछला चुनाव में कुमारस्वामी एह सीट पर एक लाख तीन हजार वोट से जीतल रहुवन.

मंड्या सीट से कांग्रेस प्रत्याशी आ फिलिम अभिनेत्री राम्या जदएस प्रत्याशी सीएस पुंट्टाराजू को सड़सठ हजार वोट से अधिका से हरवली

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।