लौहपुरुष पटेल के जयन्ती पर ‘एक भारत, श्रेष्ठ भारत’ के एलान

सरदार वल्लभ भाई पटेल के जयन्ती पर काल्हु 31 अक्टूबर, शनिचर का दिने प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी एगो ‘रन फॉर यूनिटी’ के झंडी देखाके रवाना कइलें. ई रन छह गो राज्य से गुजरी आ एक दोसरा के विविधता से परिचित होखी.

एह मौका पर अपना भाषण में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहलन कि देश के एकता हमनी के बड़हन ताकत हवे आ देश के विकास के नया नया ऊंचाई ले चहुँपावे के बा त हमनी सभ के लक्ष्य देश में एकता, शांति आ सद्भाव बनवले राखे के बा. कहलन कि केन्द्र सरकार देश के राज्य सरकार से मिल बइठ के अइसन योजना बनावत बिया जवना के नाम होखी ‘एक भारत, श्रेष्ठ भारत’. एकर मकसद राज्यन के भावना से आपस में जोड़े के रही. उदाहरण देत कहलन कि जइसे अगर हरियाणा के तमिलनाडु से जुड़े के बा त ऊ अपना स्कूलन में तमिल के सौ गो वाक्य सिखाई आ एह तरह देश के नयकी पीढ़ी देश के दोसरो भासा के जाने लागी.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।