विधानसभा में भोट गिनाइल रहीत त शायद सरकार गिर जाइत – राजद

पटना 28 मार्च (वार्ता). राष्ट्रीय जनता दल के कहना बा कि अगर मंगल का दिने विधानसभा में बिहार विनियोग विधेयक पर भोट गिने के उनुकर माँग माल लीहल जाइत त ओह समय बहुमत ना रहला का चलते नीतीश सरकार गिर जाइत.

राजद के ललित यादव विधानसभा में प्रश्नकाल शुरू होखे से पहिले कहलन कि सोमार के दिने बिहार विनियोग विधेयक 2018 के पारित करे ला भोट गिनाए के माँग विपक्ष कइले रहुवे. ओह समय सदन में विधेयक पारित करावो जोग बहुमत सत्तापक्ष का लगे मौजूद ना रहुवे आ तब विधेयक पारित ना होखीत आ सरकार गिर जाइत. फेर इहो कहलन कि आसन सबसे ऊपर होला आ मानत बाड़ें कि ओकर फैसला निष्पक्ष होला.

एह बाति पर पथ निर्माण मंत्री नंदकिशोर यादव कहलन कि सदन के काम नियमावली से चलेला आ भोट गिनाए खातिर सदन के दरवाजा बंद कइला का बाद भोट करावल जाला. सभाध्यक्ष हां भा ना के पक्ष में बहुमत के बारे में पूछेलें आ जेकरा तरफ बहुमत होला ओकरा पर फैसला देलें. सोमार का दिने विपक्ष के कवनो सदस्य खड़ा होके दावा ना कइलें कि ओह लोग का लगे बहुमत बा. एहसे अब एह बाति पर सवाल ना उठावल जा सके.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।