विनय आनंद आ कनकनी के हॉट डांस फिल्म ‘पागल प्रेमी’ में

भोजपुरी फिलिमन के सुपर स्टार विनय आनंद अब सेक्सी बाला कनकनी के साथ हॉट गाना ‘होठ लाली हमार चाट लऽ ए राजा जी’ पर डांस करत नजर अइहें. ई गाना बावे फिल्म ‘पागल प्रेमी’ में. मजे के बात ई रहल कि जब गाना शूट होत रहुवे तब विनय आनन्द के पत्नी ज्योति आनन्दो सेट पर रहली बाकिर विनय आनन्द बेहिचक शॉट दिहलन. खूबसूरत लोकेशन पर शूट भइल एह फिल्म के सगरी गाना अइसन बनल बा कि जेही सुनत बा से जबरदस्त तारीफ करत बा.

सविता श्री प्रोडक्शन के बैनर तले बनल फिल्म ‘पागल प्रेमी’ के निर्माता नवीन सिंह, निर्देशक आ कहानीकार अजय कुमार, गीतकार राजेश मिश्रा, फणीन्द्र राव आ कृष्णा बेदर्दी, संगीतकार राजेश गुप्ता, एक्शन डायरेक्टर दिलीप यादव, आ डांस डायरेक्टर एन्थोनी अउर ज्योति आनन्द हई.

एह फिल्म के शूटिंग छत्तीसगढ़ के खूबसूरत लोकेशनन पर भइल बा. एहमें विनय आनंद के लुक पर बहुते ध्यान दिहल गइल बा. कलाकारन में विनय आनन्द, संगीता तिवारी, अजीत आनन्द, श्रीकनकनी, अनूप अरोरा, जय प्रकाश सिंह, राजेश अवस्थी, सुनीता सिंह, परितोष त्रिपाठी, सुमन कुमारी, अमित सिंह, पुष्पांजलि, बोल गोविंद बनजारा अउर नम्बर वन खलनायक संजय पाण्डेय आपन जलवा देखइहे.

कहल जात बा कि फिलिम जरूरे सुपर डुपर हिट होखी.


(शशिकांत सिंह आ रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *