विनय आनंद बनले दबंग दामाद

सलमान खान का बाद अब दबंग बने के बारी बा भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनंद के. बाकिर ऊ दबंग देखइहे दामाद का रूप में. विनय आनंद एह घरी भोपाल में दबंग दामाद के शूटिंग में लागल बाड़े. एह फिल्म में विनय आनन्द एक्शन के जबरदस्त जलवा देखइहे, रोमांस आ कामेडी ओ भरपूर बावे. फिल्म का बारे में विनय आनन्द बतवले कि दबंग दामाद में दबंगईओ आ दामाद का रूप में शालीनतो. कहले कि पहिला बेर कचनो भोजपुरी फिल्म के शूटिंग भोपाल में हो रहल बा.

भोपाल में शूटिंग करत विनय आनंद के झलक पावे खातिर भारी भीड़ लागत बा आ विनयो केहू जे निराश नइखन करत, सभका के ऑटोग्राफ देत बाड़े आ प्रशंसकन का साथ तस्वीर निकलवावत बाड़े. वइसे इहो बता देत बानी कि विनय आनंद एगो अउरी फिलिम में दामाद बनल नजर अइहे आ फिलिम के नाम हवे फोकट के दामाद. ‘त्रिनेत्र’ का बाद विनय आनंद के जलवा रउआ ‘दामाद चाही फोकट में’ में देखब. एहमें विनय आनंद के भरपूर कॉमेडी अउर एक्शन दुनु देखे के मिली. पूरा तरह से पारिवारिक एह कॉमेडी फिल्म के पूरा परिवार एक साथ बइठके देख सकेला. फिल्म में एक से बढ़के एक रोमांटिक गाना बा आ एहमें विनय आनंद के दू गो लुक देखल जाई.

‘चाचा भतीजा’, ‘दामिनी’ आ अब ‘त्रिनेत्र’ का सफलता से विनय आनंद एह घरी भोजपुरी वर्ल्ड सिनेमा में हॉट केक बन गइल बाड़े. आ हर निर्माता विनय आनंद के लेके फिल्म बनावत बा भा बनावल चाहऽता. ‘त्रिनेत्र’ के शानदार सफलता के आलम ई बा कि अकेले बिहार से ई लागत से बेसी कमा चुकल बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *