विनय आनंद बनीहें ‘द नरसिम्हा’

सिनेमा भोजपुरी के महाबली स्टार विनय आनंद अब नरसिम्हा बनके दुश्मनन के चीर दीहें. हाल ही में विनय आनन्द एगो फिलिम साईन कइले बाड़ें जवना के नाम ह ‘द नरसिम्हा’. विनय आनन्द के किरदार बालीवुड के सनी देओल जइसन महाबली के बा.

‘द नरसिम्हा’ के निर्माता श्री त्यागी आ निर्देशक विनोद तिवारी हउवें, विनोद तिवारी एह से पहिले विनय आनंद के ‘आज का दबंग दामाद’ में निर्देशित कर चुकल बाड़ें. फिल्म के शूटिंग भोपाल में होखी.

संगीतकार अमन के. श्लोक हउवें आ फिलिम में एक से बढ़ के एक मनजितुआ गीत बाड़ी सँ.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।