शाहिद शम्स आ अंजना सिंह के जोड़ी ’प्यार मोहब्बत ज़िंदाबाद’ में

AnjanaSingh-ShaheedShamsसिनेमा भोजपुरी के गायक आ अब नायको शाहिद शम्स के अंजना सिंह के जोड़ी में ’प्यार मोहब्बत ज़िंदाबाद’ में पहिला बेर बड़का परदा पर अभिनय करत देखल जाई. अनेके भाजपुरी फिलिमन के गीतकार रहल विनय बिहारी एह फिलिम के निर्माता, निर्देशक, लेखक, गीतकार, आ संगीतकार बाड़ें. फिलिम प्रस्तुत करीहें आदि शक्ति एंटरटेनमेंट के दुर्गा प्रसाद.

बाबा वैद्यनाथ फिल्मस् के बैनर में बनत एह फिलिम में पाखी हेगड़े नायिका आ पवन सिंह नायक बाड़ें. दोसरकी खास जोड़ी बा शाहिद शम्स आ अंजना सिहं के. बाकी कलाकारन में अविनाश शाही, सुशील सिंह, अनंत सिंह, विनय बिहारी, सीमा सिंह, आनंद मोहन आ राजन यादव वगैरह खास बाड़ें.

शाहिद शम्स एह फिलिम का बारे में बतवले कि एह फिलिम में पहिला बेर बिहार के पन्द्रह गो नेता नजर अइहें आ फिलिम के पूरा परिवार एक साथे बइठल देख सकेला. एकर एगो अउर खासियत बा कुल्लू-मनाली, आगरा आ दिल्ली के मनमोहक लोकेशन पर भइल शूटिंग बा.


(संजय भूषण पटियाला)
शहीद शम्स

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।