शुभी के प्यार में ‘हीरो’ बने प्रवेशलाल

सिनेमा भोजपुरी के स्टाईलिश स्टार प्रवेशलाल यादव हसीन अदाकारा शुभी शर्मा के प्यार में ‘हीरो’ बन गइल बाड़न आ शुभी के हासिल करे ला सगरी दुश्मनन के खतम करे में लागल बाड़न. प्रवेश अह फिल्म में जहां खतरनाक एक्शन करत नजर अइहें ओहिजे शुभी क संगे पिरितियो निभइहें. एह फिलिम में कुछ अलगे किसिम के लव स्टोरी देखल जाई. पहिले प्रवेश शुभी के दिवाना बनीहें आ फेर शुभी प्रवेश के दिवानी बन जइहें.

निरहुआ इंटरटेनमेंट प्रा०लि० के बैनर तले बनल एह फिल्म के निर्माता निर्देशक जी.सुब्बाराव हउवें आ फिल्म के प्रदर्शन एही जून में कइल जाई.


(प्रशांत निशान्त के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।