शेविंग ब्लेड बेचवावे चलली सीमा सिंह

मरदन के शेविंग ब्लेड के प्रचार करावे खातिर कवनो अदकारा के भारी भरकम रकम दिहल जाव त चउँकल लाजमी बा. बाकिर अइसने कर देखवले बाड़ी भोजपुरी डांसिंग क्वीन सीमा सिंह. सीमा सिंह शेविंग ब्लेड बनावे वाली कंपनी जेलेट खातिर यूपी आ बिहार में प्रमोशन शो करीहें. एह खातिर सीमा सिंह के भारी भरकम रकम मिलल बा. ई पहिला बेर होखे जात बा कि कवनो अदाकारा शेविंग ब्लेड के प्रमोशन करे निकलीहें. पिछला दिने जब डांसिंग क्वीन सीमा सिंह एह कंपनी के दू गो खास शो बिहार के देवघर में कइली त हर तरह उनुका डांस के चरचा होखे लागल.

सीमा सिहं एह प्रचार शो के आफर पा के चकित रहली, बाकिर सकार लिहली. अब सौ से बेसी फिलिम कर चुकल सीमा सिंह के एह उपलब्धि खातिर उनुका बधाई मिलत बा.


(शशिकांत सिंह के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *