शोपियां में पांच गो आतंकवादी मरइले, एक दर्जन ढेलामार घवाहिल


श्रीनगर 04 अगस्त (वार्ता). जम्मू-कश्मीर के शोपियां जिला में शुक का देर रात से जारी तलाशी अभियान का दौरान सुरक्षाबल आ आतंकवादियन के मुठभेड़ में पांच गो आतंकवादी मरइलें आ अभियान के बाधा चहुँपावे वाला एक दर्जन ढेलाबाज घवाहिल हो गइलें.
रक्षा मंत्रालय के प्रवक्ता कर्नल राजेश कालिया आजु शनिचर के यूनीवार्ता के बतवलें कि आतंकवादियन के लुकइला के खुफिया खबर पर सेना, जम्मू-कश्मीर पुलिस के विशेष अभियान समूह आ केन्द्रीय रिजर्व पुलिस बल शोपियां जिला के किलोरा गांव में काल्हु देर रात एगो साझा अभियान शुरु कइलें.
गांव के लोग एह अभियान के बाधा चहुँपावे ला विरोध करे आ ढेलाबाजी में लाग गइलें. मजबूरन तब सुरक्षा बल एहू लोग पर आंसू गैस के गोला आ पैलेट गन के इस्तेमाल कइलें जवना से एक दर्जन ढेलाबाज घवाहिल हो गइल बाड़े सँ.
तलाशी अभियान दल पर आतंकवादियन का तरफ से अंधाधुंध गोलीबारी होखे लागल त सुरक्षो बल जवाबी कार्रवाई कइलसि आ पाँच गो आतंकियन के मार गिरवलें.
मराइल आतंकवादियन का लगे से ढेरहन हथियार बरामद भइल बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।