संजय पांडे के डबल धमाका

सिनेमा भोजपुरी के नंबर वन खलनायक संजय पांडे के हालही में दू गो फिलिम, ‘देवता’ अउर ‘राजा के रानी से प्यार हो गईल’, बिहार में एके साथ रिलीज भइल आ दुनु बंपर ओपनिंग लिहली सं. दुनु फिलिमन में संजय पाडे के काम के सभे जबरदस्त तारीफ करत बा.

गाँव से शहर ओर होखत पलायन पन बनल फिल्म ‘देवता’ में संजय पांडे के एक्शन के सैलाब देखे के मिलत बा. एह फिलिम में देखावल गइल बा कि शहर छोड़ अपना गाँवो जवार में सही राह पर चलि के सफलता लिहल जा सकेला.

अमर प्रेम कहानी पर बनल फिलिम ‘राजा के रानी से प्यार हो गईल’ में देखावल गइल बा कि जोड़ी भगवाने किहाँ बनेला आ साँच प्यार के हमेशा मिलन होला. एह में संजय पांडे के एक्शन स्टंट बावे.


(शशिकांत सिंह के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।