सतुआनी आ रामनवमी का बाद बैंड, बाजा, बारात

अबहीं चइती नवरात चलत बा. एही दौरान 13 अप्रैल का सतुआन आ 15 अप्रैल के रामनवमी मनावल जाई. आ ओकरा बाद से शादी बिआह के काम शुरू हो जाई.

10 मार्च से शुरू खरमास के रोक 12 अप्रैल से खतम हो जाई. 15 अप्रैल के तिलक आ छेका के शुभ मुहूर्त बा. अप्रैल में 11 गो लगन बा. 15, 16, 17, 18, 19, 20, 22, 23, 26, 27, 28, आ 29 अप्रैल के लगन बा जबकि मई में बस दू गो 1, आ 4 मई के. जूनो में दूईए गो लगन बा 27, आ 29 के जबकि जुलाई में छह गो 1, 8, 10, 11, 13, आ 14 तारीख के.

एह लगन का समय में सोना के कारोबारियन के हड़ताल का चलते लोग के परेशानी हो रहल बा. कुछ सोनार लुका छिपा के बेच रहल बाड़ें त ओहिजा मोलभाव के गुंजाइश नइखे बनत.
बैंड, बाजा, बारात

0 Comments