सत्य साईं बाबा के देहावसान आ दोसर खबर

काल्हु पुट्टूपार्थी में ढेर दिन से बेमार चलल आ रहल सत्यसाईं बाबा के देहावसान हो गइल. उनुका निधन से पूरा देश विदेश में फइलल उनुकर करोड़ो भक्त शोकाकुल बाड़े आ उनकर अंतिम दरशन खातिर लाखो लोग के भीड़ ओहिजा जुटल बा.

मोतिहारी में मिस्कौट के श्रीराम जानकी मंदिर वृक्षस्थान खातिर न्यास के अधिसूचना जारी होखे से रोके खातिर बिहार राज्य धार्मिक न्यास बोर्ड के अध्यक्ष किशोर कुणाल चिट्ठी भेजले बाड़न. उनकर कहना बा कि मंदिर के न्यास में कुछ लोग के स्वार्थ निहित बा. जबले जाँच नइखे कर लिहल जात तबले अधिसूचना मत जारी होखे.

आंदर सिवान मुख्य सड़क पर दाहा नदी पर आंदर बाजार का लगे वाला जर्जर पुल पर दुनु तरफ से बैरियर लगा के यातायात रोक दिहल गइल बा जवना से बड़की गाड़ियन के आवागमन रुक गइल बा आ ओह गाड़ियन के लमहर फेरा लगावे के पड़त बा. लोग जल्दी से पुल बनवावे के माँग कइले बा.

छपरा में युवा ब्राह्मण चेतना का बइठक में तय भइल बा कि तरनपुरा के श्री बटुकेश्वर नाथ मंदिर में भगवान परशुराम जयन्ती का अवसर पर विप्र बटुकन के सामूहिक जनेऊ संस्कार करावल जाई.

बलिया के दुबहड़ के थाना प्रभारी विमलेन्दु कुमार के लाइन हाजिर करा दिहल गइल बा. पिछला दिने बंधुचक गाँव में जमीन विवाद में एगो रिटायर्ड कर्नल के हत्या उनुकर पटिदार कर दिहले रहले सँ आ मामिला में थाना के भूमिका संदेह में रहल बा.

बिहार पंचायत चुनाव के दुसरका चरण छिटपुट हिंसा का बीच पूरा हो गइल. मुंगेर आ शिवहर में पुलिस के गोली चलावे के पड़ल बाकिर केहू घवाहिल नइखे भइल. गड़बड़ी फइलावे का आरोप में पाँच सौ बेरासी लोग के गिरफ्तार कर लिहल गइल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।