सामाजिक कुरीतियन का खिलाफ दीया और तूफान

नम्रता फिल्म्स क्रिएशन का बैनर में बनल भावना प्रधान फिल्म दीया और तूफान १७ जून से बिहार आ झारखण्ड में रिलीज होखे जा रहल बा. निर्माता आर पी सिंह आ निर्देशक मिथलेश अविनाश के दीया और तूफान में वक्त आ हालात से लड़त एगो विकलांग बच्चा के जज्बा देखावल गइल बा जवन एक दिन अइसन कर देत बा कि ऊ समाज के आँख के तारा बन जात बा.

Main characters of Bhojpuri Film Diya Aur Toofan

साँच घटना पर आधारित एह फिल्म में नायक दीपक ठाकुर अपना विधवा महतारी का आँख में खुशी के चमक देखे के लालसा लिहले बड़ होत बा बाकिर महतारी के चिता सजावे का साथ ई लालसा खतम हो जात बा. बाद में संजोग कुछ अइसन बनत बा कि ओकरा ठाकुर के इकलौती बेटी ज्योति से मुब्बत हो जात बा. ई बात जानते ठाकुर बौखला जात बा आ दीपक के कोढ़ी बतावत ज्योति से दूर हो जाये के कहत बा. बाप का दबाव में आ के ज्योतिओ दीपक के बेइज्जत कर देत बिया. कहत बिया कि तू केहू के सहारा का बनब? तू त अपनही विकलांग हउअ.

अपमान से आहत दीपक गाँव छोड़ के शहर चल जात बा जहाँ ओकर जिनिगीए बदल जात बा. वक्त के घुमत पहिया कुछ अइसन करामात देखावत बा कि गाँव के लोग ओकरा के अपना आँख के तारा माने लागत बा. विकलांग नायक के भूमिका में बृजमोहन आ ठाकुर का यादगार भूमिका में भोजपुरिया महानायक कुणाल सिंह बाड़े. फिल्म में गीत संगीतो के बेजोड़ संगम देखे के मिली. आठ गो सुमधुर गाना तसलीम सिन्हा, गणेश कुमार, आ अमित यादव के लिखल बा जवना के संगीत कुमार पारस के बा. गीतन के गायक गायिका उदित नारायण, सुरेश वाडेकर, मो॰अजीज, कल्पना, इंदू सोनाली, मनोज मिश्रा आ विकास झा बाड़न जा.

कुणाल सिंह, बृजमोहन, प्रिया कपूर आ मेहनाज अभिनीत एह फिल्म में पोलियो उन्मूलन कार्यक्रम के प्रचारो कइल गइल बा आ साथ में नारी उद्धार का नाम पर बनत चलत संस्थानन के सच्चाइयो उजागर कइल गइल बा,


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त )

0 Comments