सिवान के नवादा गाँव में छत से गिर के एगो आदमी मरल

सिवान जिला के रघुनाथपुर इलाका के नवादा गांव में बियफे का रात छत से गिरला का चलते पैंतालिस साल के मुसाफिर कमकर के मौत हो गइल. बतावल जात बा क छत पर सुतल मुसाफिर पेशाब उसाब करे खातिर उठल होखी आ नीद में भकुआइळ होखला का चलते अंदाज ना लागल होखी आ उ छत से आंगन में गिर गइल. घर वाले घवाहिल मुसाफिर के तुरते अस्पताल ले गइले जहाँ ओकर मौत हो गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *