सुमित बाबा के “ई हऽ मुंम्बई नगरिया तू देख बबुआ”

टेक ऑफ इन्टरटेन्मेंट आ हिन्दुजा फिल्म का बैनर तले बनत “ई हऽ मुंम्बई नगरिया तू देख बबुआ” के शुटिंग मुम्बई में शुरू हो गइल बा. एह फिल्म में यूपी बिहार से मुंबई आवे वाला नौजवानन के कहानी देखावल गइल बा. एगो लड़िका एह विपरीतो हालात में कइसे आपन संस्कार आ विचार एह आधुनिक शहर में जिन्दा राखत बा. फिल्म में हँसावे का अंदाज में एगो बढ़िया संदेश दिहल गइल बा.
फिल्म के निर्माता निहाल अहमद आ किशोर हिन्दुजा, कथा निर्देशक आनन्द श्रीवास्तव, गीत विनय बिहारी आ मनोज मोहित के, संगीत गणेश पाण्डेय के, छायांकन प्रमोद पाण्डेय के, फाईट मास्टरी गब्बर सिंह के, पटकथा आ संवाद सुबोध गाँधी के, नृत्य निर्देशन कानू मुखर्जी के बा. फिल्म के मुख्य कलाकार-सुमीत बाबा, केतन पाण्डेय, खुशी गुप्ता, सी. पी. भट्ठ, ईशा तिवारी, संतोष श्रीवास्तव, पुष्कर अनिल सिंह, अखिलेश शुक्ल वगैरह हउवें.


(स्रोत : संजय भूषण पटियाला )

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.