सुशील सिंह कब्जा कर लीहें भोजपुरिया परदा पर

भोजपुरी सिनेमा के दबंग स्टार सुशील सिंह आवे वाला दिन में भोजपुरिया सिनेमा का परदा पर कब्जा कर लीहें. उनुकर कई गो फिलिम जल्दिये रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ. शुरुआत होखी “फौलाद” से, फेरु “केहू हमसे जीत ना पाई”, “रामलखन”, “अग्निकुण्ड” वगैरह अइहें सँ.
कलर्स के धारावाहिक “भाग्य विधाता” से घर घर में आपन पहिचान बना चुकल सुशील सिंह अब ग्लैमरो का दुनिया में छा जाये पर लागल बाड़न. “हम हईं मुन्ना भईया” से सुशील सिंह भोजपुरी के एंग्री यंग मैन कहाये लगलन. उनुकर रिलीज होखे जा रहल फिल्म “फौलाद” में ऊ एगो ईमानदार पुलिस अधिकारी के भूमिका कइले बाड़े. फिल्म में रविकिशन, अंजना सिंह, अवधेश मिश्रा, बृजेश त्रिपाठी आ प्रकाश जैस मुख्य भूमिका में बाड़े. भोजपुरी के एह दबंग स्टार से भोजपुरी फिल्म मेकरन के बहुत उम्मीद लागल बा.


(स्रोत : शशिकांत सिंह)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।