हत्या के मामिला में मुआवजा देबे के आधार पूछलसि हाई कोर्ट

इलाहाबाद हाई कोर्ट के लखनऊ पीठ सरकार से दू हफ्ता में एह बात के जबाब देबे के कहले बिया कि हत्या का मामिला में मुआवजा कवना आधार पर दिहल जाला आ एह बारे में सरकार के कवनो नीति बा कि ना. पिछला दिने कुंडा में डीएसपी के हत्या का बाद उनुका बीबी के पचास लाख रुपिया आ ग्रामप्रधान नन्हे यादव आ उनुका भाई के परिवारन के बीस बीस लाख रुपिया दिहल गइल. एहिजा इहो बतावे जोग बा कि टाँडा में रामबाबू गुप्ता के हत्या पर उनुका परिवार वालन के कवनो मुआवजा ना दिहल गइल. जियाउल हक के परिवार वालन से मिले वाला नेता लोग के ताँता लागल बा जबकि हिंदू युवा वाहिनी के नेता रामबाबू यादव के परिवार से मिले जाए वाला लोग के गिरफ्तार कर लिहल जात बा.

जियाउल हक के हत्या के सीबीआई जाँच करत बिया आ आरोप राजा भईया पर बा, जबकि रामबाबू गुप्ता के परिवार वाले टाँडा से सपा विधायक अजीमुल हक पहलवान पर आरोप लगावत बाड़ें.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।