हमार भोजपुरी माथ के रोड़ी हऽ

PBS-kaviसिवान के बड़हरिया प्रखंड के सलारगंज चौकी हसन में पिछला दिने एगो भोजपुरी कवि सम्मेलन सह मुशायरा के आयोजन भइल. एह कार्यक्रम के उद्घाटन वशिष्ठ द्विवेदी, डा॰ भगवान सिंह भाष्कर, डा॰ जनार्दन सिंह, आ डा॰ अशोक तिवारी दिया जरा के कइलन. अध्यक्ष रहलन प्राचार्य सुभाष चन्द्र यादव. कार्यक्रम के सफल संचालन कइलन प्राचार्य केशव पंडित आ बादशाह प्रेमी मिल के कइलन.

एह आयोजन के शुरूआत प्राचार्य सुभाष यादव के सरस्वती वंदना से भइल. शिववंदन गिरी शिव वंदना कइलें त डा॰ विजय प्रसाद स्वागत गान. डा॰ भगवान सिंह भाष्कर, साहित्य प्रहरी के प्रधान लेखक, आपन निर्गुण गीत कवना रंगवा में चुनरिया रंगवलू ए गोरिया सुनवलन. एकरा बाद प्राचार्य सुभाष यादव के गीत हमार भोजपुरी ह माथ के रोड़ी सुनवलन. परवाना सिवानी के गीत नवकी पतोहिया के नया .. के लोग बहुते पसंद कइल. देवरिया से आइल बादशाह प्रेमी के हास्य व्यंग्य रचना सभके हँसा के लोटपोट कर दिहली स. एकरे अलावे हरेन्द्र शर्मा मुँहफट, साँवलिया सिंह, डा॰ शमी बहुआरवी, मोइन बभनबरवी, सनाउल हक बभन बरवी आ उमर राही सलाहपुरी के रचनो लोग के नीक लागल.

बाद में प्रगतिशील भोजपुरी समाज के राष्ट्रीय अध्यक्ष वशिष्ठ द्विवेदी भोजपुरी भाषा के विकास, संवर्धन आ संरक्षण पर इतिहास के चरचा कइलन आ ओकरा प्रभाव के विवेचना. प्रभोस के राष्ट्रीय महासचिव डा॰ जनार्दन सिहं भोजपुरी के संविधान के अठवीं सूची में शामिल करे के जोरदार माँग कइलन आ कार्यक्रम के समापन प्राचार्य केशव पंडित के धन्यवाद ज्ञापन से भइल.


(निज संवाददाता)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।