हृतिक पर भारी पड़लन रवि किशन

भोजपुरी फिलिमन के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन के जलवा छोटको परदा पर बरकरार बा. उनुकर होस्ट कइल जा रहल शो नाच नचैया धूम मचैया भोजपुरिया देखनिहारन के बहुते नीक लागत बा तबहिये त बिहार यूपी में एह शो के टीआरपी हृतिक रोशन के “जस्ट डांस” शोओ ले अधिका बा.

नाच नचैया धूम मचैया में रवि किशन एंकर बाड़े आ सुधा चंद्रन, गणेश आचार्य अउर कानू मुखर्जी निर्णायक का भूमिका में. जस्ट डांस में निर्णायक वाली जिम्मेदारी निबाहत बाड़ी फरहा खान अउर वैभवी मर्चंट. नाच नचैया धूम मचैया के एगो खासियत इहो बा कि उत्तर प्रदेश में एह शो के बहुते पसंद कइल जा रहल बा. एकर मतलब कि एह शो से महुआ टीवी के लोकप्रियता यूपी में बहुते बढ़ गइल बा.

शो का बारे में रवि किशन के कहना बा कि बिहार उत्तरप्रदेश में प्रतिभाशालियन के खान बा आ महुआ टीवी ओह लोग के तलाशे आ तराशे के काम करत बिया. शो के लोकप्रियता बढ़े के कारण इहे बा.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।