अनूप जलोटा बनवइहें सड़क

भजन सम्राट अनूप जलोटा चर्चित हिन्दी फिल्म सड़क के भोजपुरिया वर्जन बनवावे जा रहल बाड़न. राधाकृष्ण प्रोडक्शन हाउस का बैनर तले निर्माता राजू सिंह के एह फिलिम में भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन आ स्टार अदाकारा रानी चटर्जी के मुख्य भूमिका होखी.

पिछला दिने सड़क के लांचिंग पार्टी मुम्बई के रहेजा क्लासिक क्लब में आयोजित भइल जवना में भोजपुरी सिनेमा के तमाम दिग्गज अनूप जलोटा, राजू सिंह, रामेश्वर मिश्रा, आ रवि किशन समेत पूरा टीम के हौसला बढ़वलें. एह मौका पर प्रस्तुतकर्ता अनूप जलोटा आ निर्माता राजू सिंह बतवलें कि सड़क के कहानी एकदम से नया बा आ वास्तविक कहानी के इर्द गिर्द घूमत बा. एकर गीत विनय बिहारी, श्याम देहाती, आ प्यारेलाल यादव लिखले बाड़े. संगीत राजेश रजनीश के बा, आ निर्देशन करीहें प्रेम शर्मा. रविकिशन आ रानी चटर्जी का साथ पंकजो केसरी एगो मजगर किरदार में बाड़े. योजना बा एह फिल्म का माध्यम से एगो नया तारिका लांच करे के जवना के तलाशल जा रहल बा. खलनायक का भूमिका में रहीहें अवधेश मिश्रा.

लांचिंग का मौका पर सड़क का पूरा टीम का साथ वीनस के चंपक जैन, प्रवेश सिप्पी, चैतन्य स्वामी, दीपा नारायण झा, अशोक गुप्ता, जे पी सिंह, कांति भाई, उदय शंकर, श्याम परवानी, नानू राजपूत, दौलत ठाकुर, कैप्टेन राकेश सिंह, दुर्गा प्रसाद, मधुसूदन डी मेहता, जगदीश शर्मा, असलम शेख, हैरी फर्नाण्डीज, के डी, सुशील उपाध्याय, आनन्द गहतराजम नंद किशोर महतो, बॉबी सिंह, विक्रांत सिंह, मोनालिसा, कल्पना शाह, मोनिका, बृजेश त्रिपाठी, कांग्रेस के दिग्गज नेता सुभाष पासी, आ विनोद गुप्ता मौजूद रहलें.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।