अब त बाति फइल गइल जाने सभ कोई

पहिलहूं ई बात बता चुकल बानी कि शेयर के ट्रेडिंग करे के होखे त ट्रेडिंग के तरीका सीखीं आ जवने तरीका रउरा सही लागे ओकरे पर लगातार चलत रहीं. इहो बता चुकल बानी कि कवनो इंडिकेटर (संकेतक) भा कवनो स्ट्रेटेजी (रणनीति) सौ फीसदी सही साबित ना होखे. होईए ना सके. अगर अइसनका हो सकीत त ओह संकेतक भा रणनीति का बारे में ना त रउरा के केहू बताइत ना रउरे केहू दोसरा के ओकर थाह लागे देब जवना रणनीति भा संकेतक से रउरा निकहा फायदा हो रहल बा.

बाकिर शॉर्टकट केकरा ना भावे. सभे चाहेला कि बिना कवनो मेहनत माल चाभे के मौका मिल जाव. आ लोग के एही लालसा के फायदा उठावेलें तीन तसिया सलाहकार. कुछेक कंपनियन के ई धंधा होला कि ऊ रउरा के हर दिन भा हर हफ्ता भा समय समय पर टीप देत रहीहें. आ एकरा ला ऊ बढ़िया फीसो वसूलेलें. अइसने कारीगरन के एगो दोसर कोटि – कैटेगरी – होला अलग-अलग चैनलन, सोशल मीडिया, वेबसाइटन पर सलाह बाँटे वाला. अइसने कुछ सलाहकारन पर पिछला दिने 8 फरवरी के सेबी कार्रवाई कइले बिया आ ओह लोग पर करीब सवा सात करोड़ के जुर्माना लगवले बिया. अंदाजा लगाईं कि ऊ कतना नाजायज लाभ उठवले होखींहे.

आम दर्शक आ पाठक सोचेलें कि टीवी चैनल/ सोशल मीडिया/ वेबसाइटड पर मिले वाला एह सलाह पर काम करे में कवनो दिक्कत ना होखे के चाहीं. काहे कि टीवी चैनलन के दर्शक लाखन में ना त हजारन में त जरुरे होलें. सोचीं कि अगर एह हजार में से कुछेके सौ लोग कवनो टीप भा सलाह पर खरीद-बेसाह कर लेव त ओह शेयर के दाम में कतना उछाल भा गिरावट आ जाई. एह तरह के सलाहकार पहिले त अपने पोजीशन बना लेलें भा अपना करीबियन के ओह शेयर में पोजीशन बनावे के कह देलें आ बाद में जब आम लोग रिटेल ट्रेडर ओह टीप का हिसाब से खरीद-बेसाह करसु त समय रहते आपन पोजीशन काट लेबे के बा.

एह तरह के सलाहकार कई बेर सेबी से पंजीकृतो होलें. अपना के सेबी पर पंजीकृत निवेश सलाहकार बतावे वाला एह लोगन पर लोग भरोसो करेला आ अगर इहे लोग कवनो मशहूर चैनल पर रउऱा के फोकट में सलाह देसु त रउरा ओह जाल में फँसही के बा.

चूंकि एह लोग के टेक्निकल जानकारी बहुते बढ़िया होला ई लोग ओही शेयर के संस्तुति करेला जवन कवनो ओर के राह पर निकलही वाला बा. जइसे मान लीं कि हमरा लागल कि फलां शेयर के दाम अब बढ़ेवाला बा त पहिले त हम ओकरा के खुदही खरीद लेब, भा अपना करीबियन के बता देब कि फलां शेयर खरीद ल लोग. आ ओकरा बाद जब लागी कि अंदाजा सही निकले जा रहल बा त रउरा सभे के सलाह परोस देब कि फलां शेयर के दाम चढ़े वाला बा. आ जब हमरा सार्वजनिक सलाह पर कुछ लोग काम करे लागी त दाम चढ़े के रफ्तारो बढे लागी आ ओकरा बाद देखा-देखी भेड़चाल में कुछ अउरिओ लोग शामिल हो जाई. एह बीच हम आपन पोजीशन काट लेब भा अपना करीबियनो के पहिलहीं से बता के राखब कि फलां दाम पर निकल जइहऽ लोग. आम पाठक के लागी कि सलाह त सचहूं नीक रहुवे आ दाम बढ़बे कइल. हमहीं डरे ना खरीदनी भा लालच में अधिका ठहर गइनी. त अगिला बेर से रउरा अउरी विश्वास से हमरा सलाह पर काम करे लागब. मुँहा-मुँही बात पसरी आ हमरा पाठकन के संख्या आ हमरा सलाह के असरो ओही तरह बढ़े लागी.

एही चलते हम हमेशा कहेनी कि सिखीं कि ट्रेडिंग कइसे करे के बा. कवना संकेतक के इस्तेमाल करीं आ कवना रणनीति पर चलीं. हर संकेतक, हर रणनीति रउरा के मुनाफा आ नुकसान दुनु कराई. रउरा बस अतने करे के होखी कि अपना नुकसान के कम से कम सीमा पर रोक लीं आ मुनाफो पहिले से तय सीमा पर काट लीं.

बाकिर होखेला अइसन कि रउरा कवनो संकेतक आ रणनीति पर काम करे के शुरु करेनी आ अगर जे कहीं शुरुए में नुकसान भेंटा गइल त तुरते ओह रणनीति भा संकेतक के छोड़ कवनो दोसर तरीका खोजे लागब. एह बात के कतनो रेघरियाईं कमे रही कि बंदो घड़ी दिन में दू बेर सही समय बतावेले. खराब से खराब रणनीतिओ रउरा के बीच-बीच मे नफा करावत रही आ बढ़िया से बढ़िया रणनीतिओ रउरा के बीच-बीच में नुकसान करावत रही.

दाम जस-जस चढ़त जाई ओकरा गिरे के संभावना तस-तस बढ़त जाई. दोसरा तरफ दाम जस-जस गिरत जाई ओकरा बढ़े के संभावना तस-तस बढ़त जाई. बाकिर अकसरहाँ हमनी का करेनी सँ उल्टा. जब दाम चढ़े लागेला त खरीददारन के भीड़ बढ़े लागेला आ जब दाम गिरे लागेला त हदस में ओकरा के बेचहूं वाला लोग के भीड़ बढ़त जाला.

इहो कई बेर बता चुकल बानी कि अगर रउरा ट्रेडिंग से कमाई कइल चाहत बानीं त इयाद राखीं कि बहुत कठिन है राह पनघट की. ये ट्रेडिंग नहीं आसान, इक आग का दरिया है और डूब के जाना है !

कवनो पेशा, कवनो धंधा, कवनो नौकरी में शिखर पर कुछेके लोग चहुँप पावेला. डाक्टर होखे, वकील होखे, कवनो नौकरी में होखे ऊपर उहे चढ़ पाई जेकरा लगे काबिलियत आ धीरज होखी. खाली काबिलियत होखी त उहो ओतना कामे ना आई आ बिना काबिलियत धीरज धइलो से कुछ होखे-जाए के नइखे.

0 Comments