अब प्रोड्युसरो दबंग बने लागल बाड़े – जयेश पटेल

jayesh-patel“अमृत क्रिएशन” बैनर में बनत भोजपुरी फिलिम “दबंग मोरा बालमा” के प्रोड्युसर जयेश पटेल गुजरात के व्यापारी हउवन. साथ ही साथ कहीं ना कहीं उनका मन में सिनेमा ला अगाध प्रेम आ लगावो बड़हु आ शायद एही चलते ऊ “दबंग मोरा बालमा” बना के सिनेमा भोजपुरी में प्रोड्युसर बन के अइलें आ साबित कर देखवले कि ऊ आपन व्यावसायिक दृष्टिकोण एहु माध्यम में बनवले रखले बाड़े. अवनि अग्रवाल निर्देशित “दबंग मोरा बालमा” के निर्माता जयेश पटेल से भइल बातचीत के कुछ हिस्सा एहिजा दिहल जात बा.

जयेश जी, सबसे पहिले त अपने के बहुत बहुत बधाई.
जी धन्यवाद, आ हमरो तरफ से सभका के नयका साल ला हार्दिक शुभकामना.

जयेश जी, सिनेमा निर्माण में अइला पर कइसन लागत बा?
देखीं, क्षेत्र चाहे व्यवसाय क होखो भा फिल्म उद्योग के, दुनु जगहा सफलता ला मेहनत, लगन आ ईमानदारी जरूरी होले. आ हमरा बैनर में हमार टीमो हमार पूरा साथ दिहलस, कलाकारो लोग बढ़िया से आपन काम कइले बा.

रउरा एही विषय के काहे चुननीं?
फिलिम बनावे ला जब हमार आ निर्देशक अवनि अग्रवाल के बातचीत भइल त अवनि जी के सुनावल स्क्रीप्ट हमरा बेहद रोमांचक आ परिवार संगे बइठ के देखे लायक लागल. एही से हम एहके चुननी. आ खाली व्यवसाए हमार मकसद नआखे, चाहत बानी कि सिने जगत में सामाजिक आ पारिवारिक फिलिम दीं अपना बैनर में जवना से समाजो के कुछ संदेश मिले.

दर्शकनो से कुछ कहल चाहब ?
जी बस एतने कि बेहिचक मय परिवार संगे एह फिलिम के देखीं.

गुजराती होतो शुरूआत कइनी सिनेमा भोजपुरी से?
हमरा ना लागे कि कला अउर सिनेमा में भाषा के कवनो बाधा होले. से बढ़िया स्क्रीप्ट आ निर्देशक मिलल त काम शुरू कर दिहनी. अब एगो हिंदी फिलिम बनावल सोचत बानी जवना के कहानी पर काम पूरा होखते एलान कर दिहल जाई. एकरो निर्देशक अवनि जी रहीहें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।