– नीमन सिंह

neeman-singh
बतइब हो हम का करीं…..
कइसे करीं
कइसे रहीं
का खाई
का पहिनी ?
बतइब हो हम का करीं….

कहवां मूती कहवां हगीं
केकरा संगे बात बिचारी
बतइब हो हम का करीं…..

केहू कहे हई करs
केहू कहे हउ करs
केहू कहे मउज करs
बतइब हो हम का करीं…..

जेकरा कउनो लूर नईखे
उहो बतावे हउ करs
मन करे तवन करs
जवन कहे तवन करs
हम त अहजह में पड़ गइल बानी..
बतइब हो हम का करीं…..?

1 Comment

  1. अस्ती बाबु

    नीमन

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।