
एहसे पहिले कि कवनो सरकार के कारिन्दा अपना मलकिनी का हुकुम पर हमरा खिलाफ पुलिसिया भा कानूनी कार्रवाई करे के सोचे हम बता दीहल चाहत बानी कि एह साइट पर के कवनो खबर साँच ना होखे. कवनो खबर के कवनो आधार ना होखे. हमरा इचिको मालूम नइखे कि एंटोनियो माइनो केकर नाम ह आ ऊ मरद ह कि मेहरारु. हमरा त आपन खुद के नाम तकले मालूम नइखे. अरनब करोड़ी पत्रकार हउवन, उनुका साथे बड़हन बड़हन वकील रहला का बावजूद पुलिस उनुका से बारह घंटा ले पता ना का पुछलसि. हम त उनुका चैनल पर के बहस सुनियो के कुछ समुझ ना पाइले. एक त ओहिजा अतना हाँउ माँउ मचल रहेला कि के का कहत बा बुझइबे ना करे.
हमरा तनिको मालूम नइखे कि पालघर में दू गो साधुवन के पुलिस का सोझा पीट पीट के मार दिहल गइल. ई भला माने वाला बाति हो सकेला का कि दर्जनो पुलिस का रहते दू गो अधबूढ़ साधुवन के भीड़ का हाथे सँउप दीहल गइल. हमरा त इहो मालूम नइखे कि ओह साधुवन के खून करे वालन के रिलीजन का रहुवे. हम त इहो नइखीं जानत कि कांग्रेसी सरकार का समय मलकिनी के खास रहल एगो आदमी साधुवन के हत्यारन के कानूनी सहायता आ माल पत्ता मुहैया करावत बा. हम पक्का तौर पर इहो ना कह सकीं कि ऊ आदमी ईसाई कि कवनो दोसरा रिलीजन के ह.
हमरा त इहो फेक खबर लागत बा कि देश में अपना के हिन्दू कहे बताएवालन का खिलाफ पुलिस डंडा ले के चहेट देत बिया. आखिर एही देश में एगो बड़हन अखबार चलेला हिन्दू. हमरा जानत समुझत ओकरा हिन्दूवन से कवनो मतलब ना होखला का बावजूद आजु ले केहू हल्ला ना मचावल कि ओह अखबार के नाम हिन्दू काहे ह. बनारस के हिन्दू विश्वविद्यालय आ अलीगढ़ के मुस्लिम विश्वविद्यालयो का खिलाफ कवनो कार्रवाई का खबर हमरा नइखे मालूम. गली मोहल्ला हर जगहा मुस्लिम होटल देखल जा सकेला बाकिर ओकरा खिलाफ त कवनो झारखन्डी सरकार भा मराठी एक्शन होखत आजु ले नइखी देखले.
हमरा त इहो नइखे मालूम कि दिल्ली के जामा मस्जिद पर बिजली के कतना बकाया बा आ ओकरा इमाम पर कवनो केस दर्ज बा कि ना.
एहसे हम हाथ जाोड़ सभका से निहोरा करत बानी कि हमरा साइट पर छपल कवनो खबर के साँच मत मानल जाव. सब झूठ ह, सगरी फेक खबर ह. आ आगहूं जवन खबर छपीहें सँ उहो फेके होखीहें सँ.
0 Comments