एगो अनूदित कविता – "फतिंगा"

– संतोष कुमार

अक्कितम अच्युतन नम्बूदिरी के मलयालम रचना (पुल्ककोदि) “फतिंगा” के अंगरेजी अनुवाद के भोजपुरी उल्था :

आगि में कूदि के मरे खातिर
भा आगिये खाए के लालसा में
आगि भीरी जुटान कइ के
दउडल जा रहल बाड़ें छोटहन छोटहन फतिंगा .

आगि में कूद के मरि जाए खातिर त
दुनिया में बुराई होखेला नू ?
आखिर पैदा होते कइसे
भर गइल निरासा.

खाए खातिर त इ जरत आगि
जदी तू इहे सोच रहल बाड़
त फेर निखिलेश्वर के छोड़ के
तोहरा कुछुओ कहे के नइखे .

विवेक पइदा होखे तक अब हर केहू
बिना पंख वाला बनल रहे.

2 Comments

  1. NEEMAN SINGH

    FATINGA T PAIDA HI HOLE JARE KHAATIR.
    AAM MANAEE JAS.

  2. omprakash amritanshu

    भाव के रस



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।