एगो नवगीत

Ram Raksha Mishra Vimal

– रामरक्षा मिश्र विमल

फूटल भाग
लोराइल अँखिया
मन पितराइल.

असरा के अङना में
सपनन के आवाजाही
दिन बदलल का
दिल बदलल
मन हो जाला घाही
अलगवला पर मुहर लगल
जियरा छितराइल.

थथमत आवेला बसंत
मन सहमे लागल बा
शीशा के पँजरा जाए में
सोचे लागल बा
शंका हलुक बेमारी के
जब से गर्हुआइल.

करजा ले रोपाइल
सुख मरलसि
जम के पाला
मधि दरियावे
फूले लागल
साँसन के माला
हूक उठे
जिनिगी के चिंता
दिल घबराइल.

1 Comment

  1. omprakash amritanshu

    बहुत नीक लागल विमल जी राउर रचना .
    ओ.पी.अमृतांशु

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..