एह जुग में केकर बा कवनो भरोसा !


– गुरविन्दर सिंह

राह घाट लउके ना, छपलस अन्हरिया
झिमिर झिमिर बरसेले करिया बदरिया!

खेतवा में मकई के गाड़ल मचानी
सूतल बा जाके बलमु अभिमानी
निनिया उड़ावेले चिन्ता फिकिरिया!

डर लागे रतिया में सियरा हुँड़रवा
ओहू ले ऊपर मुदइयन के डरवा
मेघवा के गड़गड़ में चिहुँके बिजुरिया !

कहे बदे हीत मीत टोला परोसा
एह जुग में केकर बा कवनो भरोसा
बेरा प फेरेला लोगवा नजरिया !
झिमिर झिमिर बरसेले करिया बदरिया !!

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..