कह रहीम कइसे निभी, केर-बेर के संग


लखनऊ 04 मार्च (वार्ता) “कह रहीम कइसे निभी, केर-बेर के संग.” ई कहना बा यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के.
उनुका से पुछाइल रहे कि यूपी में समाजवादी पार्टी (सपा) आ बहुजन समाज पार्टी (बसपा) के बढ़त नजदीकियन के ऊ कवना तरह देखत बाड़न. सुने में आवत बा कि बसपा गोरखपुर आ फूलपुर लोकसभा सीट पर होखे जा रहल उपचुनाव में सपा उम्मीदवारन के समर्थन देबे के मन बनावत बिया.
योगी जी त्रिपुरा, नागालैंड, आ मेघालय में भाजपा के बेहतरीन प्रदर्शन का बाद आजु सखलऊ में पत्रकारन से बतियावल रहनी. कहनी कि जवना तरह केर आ बेर एक साथे ना रहि सके ओही तरह नजदीक आवे के दिखावा करत दूनू गोल का बीच के दूरी कम ना हो सके.
जब ई पुछाइल कि केर के ह आ बेर के ह त योगी जी कहनी कि स्टेट गेस्ट हाऊस कांड के करवले रहुवे. लखनऊ में बनल स्मारकन के धसावे भसावे के बाति के करत रहुवे. एहिजा साफ बा कि दुनु में एगो केर ह आ दुसरका बेर. केर आ बेर एक साथे रहिए ना सके.
जान जाईं कि आजु दुपहरिया बाद बसपा का तरफ से एह बाति के एलान हो सकेला कि गोरखपुर आ फूलपुर उपचुनाव में बसपा सपा उमीकवारन के समर्थन करी. मायावती एह तरह के निर्देश गोरखपुर आ इलाहाबाद के जोनल कोआर्डिनेटरन के दे दिहले बाड़ी.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।