कानून के पढ़ाई ला अदालत के सहारा

नयी दिल्ली 13 जून (वार्ता). उच्चतम न्यायालय आजु अपना आदेश में देश के विधि विश्वविद्यालयन आ कॉलेजन में दाखिला खातिर करावल गइल ऑनलाइन परीक्षा ‘कॉमन लॉ एडमिशन टेस्ट’ (क्लैट CLAT 2018) में तकनीकी दिक्कतन का चलते पूरा परीक्षा ना दे पावे वाला नाहियो त 400 अभ्यर्थियन के अलगा से अंक देबे के कह दिहलसि.
परीक्षा का तुरते बाद ई लोग अदालत के सहारा लिहले रहुवे कि तकनीकी दिक्कतन का चलते ई लोग आपन परीक्षा ठीक से ना दे सकल आ परीक्षा के रद्द कइल जाव. बाकिर तब अदालत एह निहोरा के ना मनलसि आ शुरु हो गइल काउन्सिलिंगो के ना रोकलसि. अब आजु का आदेश में कहल गइल बा कि एह लोग के दीहल अतिरिक्त अंक जोड़ के नया मेधा सूची 16 जून ले बना लीहल जाव आ ओही आधार पर दुसरकी काउन्सिलिंग करावल जाय.
जाने जोग बा कि देश के 19 गो प्रतिष्ठित विधि महाविद्यालयन में खातिर क्लैट परीक्षा करावल जाला. पुछला 13 मई के भइळ एह परीक्षा में 54450 अभ्यर्थी शामिल भइर रहलें. अदालत के कहना बा कि एह लोग के दीहल परीक्षा में सही आ गलत का आधार पर बाकी परीक्षा ला औसत अंक अलग से दीहल जाव.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।