केकरा से पंगा ले लिहलसि कांग्रेस

पालघाट में हिन्दू साधुवन के मॉब लिचिंग भइला का बाद तीन दिन ले एह खबर के पता केहू के ना भउवे. प्रशासन के कोशिश सफल हो गइल रहीत अगर सोशल मीडिया पर ओह घटना के विडियो वायरल ना हो गइल रहीत. मौकाएवारदात पर मौजूद कवनो आदमी एह विडियो के शूट कइलसि आ ओकरा बाद एकरा के सोशल मीडिया पर फैला दिहलसि. मजबूरन पोसुआ मीडिया एह घटना के हल्का फुल्का ढंग से देखवलें त जरुर बाकिर जब अरनब गोस्वामी के टीवी चैनल रिपब्लिक भारत एह घटना के मजबूत तरीका से उठवलसि तबसे कांग्रेस परेशान हो गइल बिया. छनछनहट से परेशान कांग्रेस अपना मुख्यमंत्रियन से अरनब गोस्वामी का खिलाफ बयान दिअवलसि बाकिर भुला गइल कि जेकरा साँप के जहर उतारे के मंतर ना मालूम होखे ओकरा साँप का बियर में हाथ ना डाले के.

एक जमाना से मीडिया के धुरंधर रहल अरनब एह मौका के लपकि लिहले बाड़न आ बाकायदा एकरा के बहस का केन्द्र में बनवले रखले बाड़न. सोशल मीडिया पर अरनब का समर्थन में जोरदार समर्थन हो रहल बा. कांग्रेसो पूरा कोशिश में बिया कि अरनब के गिरफ्तारी के माँग करत ओकर अभियानो चल निकले. बाकिर रिपब्लिक भारत चैनल के सम्हारल अतना आसान नइखे. मुद्दा देश के बहुसंख्यक हिन्दूवन से जुड़ल बा.

अबहीं ले कवनो अखलाक, कवनो पहलू, कवनो तबरेज के हत्या पर छाती कूट कूट के ओकरा के सांप्रदायिक मसला बनावे बतावे वाला सोनिया परिवार एह घटना के गैर सांप्रदायिक वारदात बतावल चाहत बिया. बटाला कांड पर लोर चुआवे वाला सोनिया परिवार के कवनो बेकत अबहीं ले साधुवन के हत्या पर मुँह नइखे खोलले. जाने जोग बा कि कांग्रेस हमेशा से हिन्दूवन का खिलाफ रहल बिया आ ओकर अस्तित्व मिटावे के हर जतन करत आइल बिया. बाकिर अब हिन्दू समाज एह साँच के देखल शुरु कर दिहले बावे आ कांग्रेस ला ई चिन्ता के बाति बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।