केन्द्र से आइल पौने पाँच सौ करोड़ लवटा दिहलसि बिहार सरकार

मिड डे मील बनावे खातिर रसोईघर बनवावे आ बरतन खरीदे खातिर आइल धन पर बिहार सरकार पाँच साल ले कुंडली मार के बइठल रहल आ रुपिया बैंक में पड़ल रहल. जब एह पर सवाल उठे लागल तब जा के बिहार सरकार ई धण लवटा दिहलसि कि हमनी का एकरा के खरचा ना कर पवनी. अब एह ले निर्दयी मजाक का हो सकेला. एक तरफ स्कूली विद्यार्थियन के ठीक से सही भोजन नइखे बनावल जा सकत त दोसरा तरफ एकरा ला केन्र्द्र से मिलल धन के इस्तेमाल नइखे हो पावत.
धन लवटावे वाला बात अब सामने आवत बा बाकिर ई काम मशरख का स्कूल में भइल दुर्घटना का पहिले के ह.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।